भोजपुरिया अमन के राम जियावन दास बावला विशेषांक लोकार्पित
नई दिल्ली। विश्व भोजपुरी सम्मेलन आ मैथिली भोजपुरी अकादमी नई दिल्ली के साझा आयोजन में राष्ट्रीय अधिवेशन में देवरिया के प्रसिद्ध पत्रकार आ भोजपुरिया सेनानी डॉ.जर्नादन सिंह के पत्रिका भोजपुरिया अमन के राम जियावन दास बावला विशेषांक के लोकार्पन भयल । विशेषांक के विमोचन करे में विश्व भोजपुरी सम्मेलन के अंतर्राष्ट्रीय महासचिव डॉ.अरुणेश नीरन, मुख्य अतिथि सांसद मनोज तिवारी, विशिष्ट अतिथि लेफ्टिनेंट जनरल एस. के. सिंह, राष्ट्रीय अध्यक्ष अजीत दुबे, संतोष ओझा, डॉ.जर्नादन सिंह आदि लोग रहलन ।
उपस्थित लोगन में डॉ.अपूर्व नारायण तिवारी (बनारसी बाबू),डॉ.अशोक द्विवेदी, भगवती प्रसाद द्विवेदी, शंभूनाथ चौबे, कर्नल एस.के.ओझा, महेन्द्र प्रसाद सिंह, डॉ.पारितोष मणि, विनय मणि त्रिपाठी, मनीष चौधरी, अंजलि, डॉ.देवेंद्र तिवारी, डॉ.जे.पी.द्विवेदी, डॉ. उमाशंकर साहु, सुल्तान शहरयार खान आदि परमुख रहलन। सबही लोगन पत्रिका भोजपुरिया अमन के अंक पर चर्चा कइलन अउर उनकर मांग रहल की भोजपुरी के भी आगे बढ़े क मौका मिले के चाही।
Views: 76