फगुआ आइल

जाड़ा भागल मउसम गरमाइल
छरके लागल बयार फगुनाइल
ला फगुआ आइल फगुआ आइल

अमलतास पीअर रंग घोरलस
गुलमोहर ललका रंग बोरलस
उज्जर पहिन छछाइल सइजन
हरसिंगार गुलाल अस झोरलस

बा महुआ मातल आम बउराइल
ला फगुआ आइल फगुआ आइल

होरहा मुह में करिखा होड़लस
कचरस लासा लगा के जोड़लस
गावत जोगीरा हउवै जिनगी
मन-मूस हिया-हिया के कोड़लस

गोहूं लरकल रहिला लदराइल
ला फगुआ आइल फगुआ आइल

होली क रंगबोर बधाईडाॅ एम डी सिंह

Views: 14

Leave a Reply